एगो डेग भोजपुरी साहित्य खाती | भोजपुरी साहित्य आ किताब के  ऑनलाइन ठेहा |

आखर , कुछ युवा लोगन के अपना माई भाखा ( मातृभाषा ) के प्रचार प्रसार साहित्यिक विकास खाति एगो प्रयास के नाव ह । आखर पेज के कोशिश बा भोजपुरी साहित्य संस्कृति संस्कार आ भोजपुरियापन के शब्दन से तस्वीरन के माध्यम से कविता के माध्यम से लेख कहानी के माध्यम से समाचार , यात्रा संस्मरण के माध्यम से देस दुनिया के सोझा ले आवल जाउ ।

आखर पेज अभी तकले तकरीब 120 गो भोजपुरी किताब अपना पेज प समय समयप होखे वाला लेखन प्रतियोगिता मे प्रोत्साहन के रुप मे दे चुकल बा । तकरीबन 18 गो भोजपुरी किताब के डाउनलोड करे के लिंक भी आखर पेज प लागि चुकल बा आ ई कुल्हि चीझू समय समय प होत रहेला ।



आखर पेज के कोशिश बा कि भोजपुरिया नवहा लोग भोजपुरी मे लिखो , भोजपुरी के अनुभवी लोगन के आशिर्वाद रुपी लेख से आवे वाली पीढी के परिचय होखे आ हमनी के माई भाखा भोजपुरी दिन दुना रात चौगुना बढंती प रहसु ।

आखर पेज भोजपुरी के आठवा अनूसुची मे शामिल करे खाति संघर्षरत बा आ समय समय प भारत सरकार , सांसद आ विधायक लोगन किहा पाती भी लिखल गईल बा ओह लो के जिम्मेवारी के मन भी परावल गईल बा ।